Wednesday 16 November 2011

Jala Ram Productions Launched 3 films

भोजपुरी इंडस्ट्री में जलाराम प्रोडक्शन के जलवा लगातार जारी बा. एह बैनर के दू गो फिल्म ‘धमाल कईला राजा’ अउर ‘काली’ निर्माण के अंतिम दौर में बाड़ी सँ. ओकनी के रिलीज़ से पहिलही तीन गो अउरी फिलिमन के ऐलान कर के जलाराम प्रोडक्शन सनसनी मचा दिहले बाड़न.

‘पवन सिंह राजपूत’ में तुलिप सिंह आ पवन सिंह के जोड़ी रही, त ‘दुश्मन-दोस्त’ में तुलिप सिंह आ विनय आनंद के. फिल्म ‘महिमा लक्ष्मी माई के’ में मनोज टाईगर आ तुलिप सिंह के अलावा भोजपुरी के कईगो अउरी दिग्गज नज़र अइहें. ‘पवन सिंह राजपूत’ के निर्देशन रामदेवन, ‘दुश्मन -दोस्त’ के चंद्रसेन सिंह जे ‘धमाल कईला राजा’ के निर्देशन कइले बाड़न, आ फिल्म ‘महिमा लक्ष्मी माई के’ के निर्देशन आलोक सिंह टाईगर करीहें.
तीनों फिलिमन के कहानी अउर स्क्रिप्ट मनोज सिंह टाईगर के लिखल बा. जलाराम प्रोडक्शन के कर्ता-धर्ता रमण नैय्यर के कहना बा कि ऊ भोजपुरी सिनेमा इंडस्ट्री के चाल, चेहरा आ चरित्र तीनों बदलल चाहत बाड़न.
मुहूर्त पर दिनेश लाल यादव निरहुआ, पाखी हेगड़े, तुलिप सिंह, चंद्रसेन सिंह, मनोज टाइगर आ गिरीश शर्मा फोटो में नजर आवत बाड़ें.

No comments:

Post a Comment